रोबिन रिहाना फेंटी (जनम: 20 फरवरी 1988) एगो बारबाडोस के गवइया, अभीनेत्रि आ बेआपरी हई। ई बारबाडोस के सेंट मिचेल नगर मे जनमली आ ब्रीजटाउन नगर मे पोसइली। बारबाडोस मे हिनकरा अमेरिका के प्रोड्यूसर इवान रोजर्स देखलें आ अमेरिका बोलवलें। 2005 मे म्यूजिक ऑफ़ द सन (माने: सूरूज के संगीत) आ 2006 मे ए गर्ल लाइक मी (माने: हमरा लेखा एगो लइकी) नांव के एलबम अईला के बाद ई परसिध भइली।

रिहाना
2018 मे रिहाना
Born
रोबिन रिहाना फेंटी

(1988-02-20) फरवरी 20, 1988 (उमिर 36)
सेंट मिचेल, बारबाडोस
Occupations
  • गवइया
  • गीतकार
  • अभीनेत्रि
  • बेआपरी
Years active2003–अभिन ले
Organisations
AwardsFull list
संगीत जात्रा
बिधा
साजVocals
लेबल सभ
संबंधित एक्ट
Barbadian Ambassador Extraordinary and Plenipotentiary
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
सितंबर 21, 2018
Websiterihanna.com

रिहाना के तीसरका एलबम गुड गर्ल गौन बैड (2007) बहुत परसिद्ध भइल आ संगीत के दुनिया मे इनकर छबी एगो यौन प्रतीक के रूप में स्थापित कई दिहलस। इनकर अंब्रेला गाना के ग्रैमी अवार्ड मिलल आ दुनिया भ मे इनकर नांव भइल। ई आपन अगिला स्टूडियो एल्बम, रेटेड आर (2009), लाउड (2010), टॉक दैट टॉक (2011), आ अनपॉलगेटिक (2012) मे पॉप, डांस, आ आर एंड बी शैलियन के फेंटत रहली।